बुधवार, 28 सितंबर 2016

दिन के अवसान भईल || भोजपुरी लोकगीत || डॉ .मुकेश पाण्डेय

सूरज डूब गईल सागर में 
जग सुनसान भईल 
दिन के अवसान भईल 

संझवत के बेरा पूजा कर 
दीया बार तुलसी चउरा पर 
जगमग प्राण भईल 
दिन के अवसान भईल 
डॉ मुकेश पाण्डेय 

अँखियन के सीपी से झर -झर 
मोती छिटा गईल अम्बर पर 
दूधिया चान  भईल 
दिन के अवसान भईल 

हियरा में इक्षा के गठरी 
धर के सुतल सउँसे नगरी 
स्वप्न सयान भइल 
दिन के अवसान भईल 

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें