अभिले सइयाँ ना आयो रे
कवन रुपइया कमायो रे
हमरा उनका से दूर भईले , बीतल महीना कई साल
हमार सइयां ना अईले रे , हो गईल हमरो बुरा हाल
अंगूरी प गिनी - गिनी मारीं अरमान के
गईनी दुवारे हम त कतना भगवान के
नाता जे हमसे छोड़ायो रे ,
जीते-जी हम मर जाओ रे
हमके अतना सतइलें रे , हमार धँसल बा देख दुनु गाल
हमार सइयां ना अईले रे , हो गईल हमरो बुरा हाल
रोज़ दरवाज़ा खोलीं ,हम त इतराई
मन में बसाईं हमार सईया आजु आई
खाना -पीना कुछ ना खायो रे
उनके फ़िकिर दुबरायो रे
काहे अतना रोवइलें रे , भईल बा भीख़ईन के हाल
हमार सइयां ना अईले रे , हो गईल हमरो बुरा हाल

कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें